Jump to content

कैंसर

विकिपीडिया से

कैंसर (अंग्रेजी: Cancer) अइसन रोग सभ के कहल जाला जिनहन में शरीर के कोशिका सभ के बढ़ती के दर बेरोकटोक हो जाला आ अइसन स्थिति शरीर के बाकी अंग में भी फइल जाए के रुझान होला। मनुष्य के प्रभावित करे वाला लगभग सौ किसिम के कैंसर सभ के पहिचान कइल गइल बा। कैंसर के आम लच्छन में शरीर में कहीं गुठली, अकारण खून आवल, तेजी से वजन कम भइल वगैरह बाने, हालाँकि ई लच्छन अन्य कई बेमारी में भी हो सके लें।